माई मोरी दुलरी - Mai Mori Dulari - Pawan Singh & Sonam Sharma (Devigeet Lyrics)




Album - माई मोरी दुलरी
Song - Mai Mori Dulari
Singer - Pawan Singh, Sonam Sharma
Lyrics - Arun Bihari
Music - Chhotu Rawat


जय जय माँ !

—— म्यूज़िक ——

अंगना लिपाई गईल कलशा भी आई गईल
पनवा कसईली पाँच नेवता भेजाई गईल
हां आ आ ..
अंगना लिपाई गईल कलशा भी आई गईल
पनवा कसईली पाँच नेवता भेजाई गईल

जा तनी बजरिया से सातो जानी खातिर लावे चुनरी
चुनरी 
आवतारी सेवका दुआर भैरो भईया के दुलरी
जय हो !
आवतारी सेवका दुआर भैरो भईया के दुलरी

—— म्यूज़िक ——

जय माँ
जय जय मईया

फल फलहारी धोके थाली में सजाई लs
गईया के दूध शुद्ध घीउवो मंगाई लs

जा तानी बजरिया करेब मालिन के खबर हो 
कह देब लियाई अड़हुलावा सुनर हो
सोरहो सिंगार करिहs खुश होईहे मईया मोरी सुनरी
सुनरी
आवतारी सेवका दुआर भैरो भईया के दुलरी
जय हो 
आवतारी सेवका दुआर भैरो भईया के दुलरी 

—— म्यूज़िक ——

बेदी तवले रेडी करs पंडी जी के संग में
आरवा चाउर अक्षत रंगिहs पियर रंग में
देर जनि करी जाई पिया पवन जी
सुखल नारियल ले लेब करे के हवन जी
अरुण बिहारी जग जानता की हई मईया हुनरी
हुनरी 
हां आ आ ..
आवतारी सेवका दुआर भैरो भईया के दुलरी

जय हो 
आवतारी सेवका दुआर भैरो भईया के दुलरी 
आवतारी सेवका दुआर भैरो भईया के दुलरी