Song - Tikuliya Ae Raja
Singer - Power Star Pawan Singh & Shivani Singh
Lyrics - Raushan Singh Viswash
Music - Priyanshu Singh 


—— म्यूज़िक ——

ए हैलो 
आई  
कहा थे रातभर 
बर्थड़े मे गईल रही 
अच्छा जी 
हा हा 

कहे देखतारू सक के निगाहवा से
नाही करा परवाह कवनो डहवा से

बहुत गंदे हो गए हैं 
महक रहा हु क्या ? कल ही तो नहाया था 
 
हम देखनी ह रातभर नचावेला नचनिया
 कईसे के भुलाई गईलS माड़ो  के बचनिया
बहरे करेला भीनुसार
केकर सटल बा टिकुलिया ऐ राजा
कहS खाके किरिया हामार
कि ऐहो 
केकर सटल बा टिकुलिया ऐ रामा 
बदलल बा हुलिया तोहार

अरे बहुत सक करेलु 
हम अवतानी बहरा ले तानी खाना निकाल के रख तS
खाना चाही ? चाही खाना ?


—— म्यूज़िक ——


अरे हई का खनवा कहा गईल हो ?
खानवा उड़ गईल

देलू थारी ऐ हमार नारी अबे अन जन काहा बा
देखा तूर के लइनी दतुआन दतमंजन काहा बा

बोलS
ओने मनोरंजन चाही ऐने व्यजन चाही बताई हम 

आई होस डाइवोर्स जब देम ऐ पिया
तहार लईको ना जान पाई नाम ऐ पिया

आतना आसान बा रे 

हमके छाटू के बाट देल प्यार
केकर सटल बा टिकुलिया ऐ राजा
कहा खाके किरिया हामार
कि ऐहो 
केकर सटल बा टिकुलिया ऐ रामा 
बदलल बा हुलिया तोहार

ई का करतारू
कपड़ा धरतानी 
ए साचो के जातारु का 
हा त झूठ कहतानी का 
अरे मत जा आ रोकी की रुक जईबु 
हई देखतार माने डर नईखे नु जा, साफ खतमे बाड़ का 


—— म्यूज़िक ——


लेके चाकू तू जानी डांकू वाला रूप धरS हो
त का करी 
अपना पियाऊ पवन पS तू रहम कर हो
आ आ गुस्सा थूक दो तो 
नहीं थूकेंगे तो हटो 

छोड़ा बैग अब ड़ेग नाही रुकी ऐ पिया
अब का बाकी बाटे कईल मुक्का मुक्की ऐ पिया
अब इहे बाचल बा 
रौशन रहन से गईनी तारा हार
केकर सटल बा टिकुलिया ऐ राजा
कहा खाके किरिया हामार
कि ऐहो 
केकर सटल बा टिकुलिया ऐ रामा 
बदलल बा हुलिया तोहार

आ धनि हमार sorry
आइंदा ध्यान रहे के चाही